मनोज तिवारी, निरहुआ, पवन सिंह वगैरह का नक्शे कदम पर चलत एगो अउरी गायक छोटू छलिया अभिनय क क्षेत्र में आपन सक्रियता बढ़ा दिहले बाड़न. छोटू के दूसरकी फ़िल्म वाह जीजा जी अब प्रदर्शन खातिर तईयार बा. निर्माता अनिल सम्राट के फ़िल्म दे द पिरितिया उधार से अपना अभिनय क शुरुवात करे वाला छोटू छलिया भोजपुरी के लोकप्रिय गायक हउवन आ अब ले दूइयो सौ से बेसी अलबम में गा चुकल बाड़न.
छोटू छलिया के एगो गीत - हाई रे होठ लाली ..... त एक जमाना में हर भोजपुरिया क जुबान पर चढ़ गइल रहुवे. बिहार के आरा जिला के रहे वाला छोटू अभिनीत वाह जीजा जी के निर्देशक अभिषेक चड्ढा हवें, जिनकर फ़िल्म गंगा और गंगोत्री में हिन्दी फिल्मन के महानायक अमिताभ बच्चन, का संगे रविकिशन आ मनोज तिवारी काम कइले रहन. बहरहाल छोटू क नज़र वाह जीजा जी पर टिकल बा. उनकर कहनाम बा कि अब ऊ नियमित रूप से गायन के साथ साथ अभिनयो का क्षेत्र में सक्रिय रहीहन.
source-anjoria.com
छोटू छलिया के वाह जीजा जी
Subscribe to:
Post Comments (Atom)
Disclaimer: This site contains links to other Web sites and blogs. The owner of this blog, however, has no control over the content or privacy practices of those sites and thus cannot be responsible for such content. The author doesn't claim ownership of any article, photos,videos or movies posted on this site. If the respective copyright owners wish for these contents to be taken down, feel free to e-mail me .
© 2009 BhojpuriChannel












0 comments:
Post a Comment