चँउकला के काम नइखे. काहे कि बात उनका फिलिम के हो रहल बा. सनोज मिश्रा निर्देशित भोजपुरी फिलिम चोर जी नमस्ते में पवन सिंह एगो चोर का किरदार में बाड़न. साथ मे दोसरा चोर का किरदार में बाड़न बिपिन बिहारी.
निर्देशक सनोज मिश्रा चोर जी नमस्ते का बारे में बतावत कहलें कि एहमें एक्शन, कामेडी, आ सस्पेंस का साथ रोमांसो बा. दू गो चोरन का जिनिगी पर बनल एह कहानी में हँसी मजाक भरपूर बा. एहमें देखावल गइल बा कि कइसे ओकनी का जिनिगी में अचानके में एगो अइसन घटना घट जात बा कि पूरा जिनिगी में भूंईडोल आ जात बा. एह फिल्म के पटकथा रोजा उस्मानी बड़ा खूबसूरत ढंग से सजवले बाड़े.
निर्माता उमेश कुमार सिंह के बनावल एह फिलिम के गीतकार आ संगीतकार बिपिन बहार हउवें. गायकी में अनूप जलोटा, उदित नारायण, पवन सिंह, कल्पना, आ इंदु सोनाली के नाम बा. अनूप जलोटा एह फिलिम में पहिलका बेर कवनो रोमांटिक गाना गवले बाड़े. अनूप जलोटा एह फिल्म के प्रस्तुतकर्तो हउवन. अनूप जलोटा के प्रस्तुति तीन गो फिलिम भोजपुरी में द ग्रेट हीरो हीरालाल, हिन्दी में गाँधीगीरी आ भोजपुरीए में चोर जी नमस्ते के निर्देशक सनोजे मिश्र बाड़े.
चोर जी नमस्ते के खास किरदारन में पवन सिंह, बिपिन बहार, आनन्दद मोहन, कल्पना शाह, सीमा सिंह, संजू, विनीत, कोमल मिश्रा, जया पाण्डेय आ रोजा उस्मानी बाड़े.
*source-anjoria.com
चोरी करत पकड़इलन गायक आ नायक पवन सिंह
Subscribe to:
Post Comments (Atom)
Disclaimer: This site contains links to other Web sites and blogs. The owner of this blog, however, has no control over the content or privacy practices of those sites and thus cannot be responsible for such content. The author doesn't claim ownership of any article, photos,videos or movies posted on this site. If the respective copyright owners wish for these contents to be taken down, feel free to e-mail me .
© 2009 BhojpuriChannel












0 comments:
Post a Comment