Search in BhojpuriChannel

निरहुआ पाखी के जोड़ी ले आ रहल बा प्रेम के रोग भइल

भोजपुरी सिनेमा के सुपर जुबलिस्टार आ मशहूर अदाकारा पाखी हेगडे के जोड़ी दर्शकन का दिल पर कवना तरह राज करेला ई बतवला के जरुरत नइखे. अभिनेता अभिनेत्री का तौर पर ई लोग जवन धमाल मचवले बा वइसने धमाल मचावे जा रहल बा ई लोग निर्माता का रूप में.

भोजपुरी दर्शकन के दुलरुआ जोड़ी निरहुआ पाखी मिल के एगो फिल्म प्रोडक्शन कंपनी बनवले बा लोग निरहुआ इंटरनेशनल. उहे कंपनी बनवले बिया प्रेम के रोग भइल जवन अब बन के तइयार बा. एह फिलिम के असल किरदारो में निरहुवे पाखी के जोड़ी बा आ उहे लोग निर्मतो बा.

रोमांटिक इमोशनल लव स्टोरी वाली एह फिलिम प्रेम के रोग भइल के निर्देशन फारुख सिद्दिकी साहब कइले बाड़न जे एकरा पहिले बालीवुड के हिट फिलिम जिगर, विजयपथ, द डॉन, कहानी किस्मत की वगैरह के निर्देशन कर चुकल बाड़न. र्कायकारी निर्माता हउवें मनोज टाइगर. संवाद लिखले बाड़े एस के चौहान. छायाकार बाड़े प्रमोद पांडेय, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ एक्शन मास्टर हउवें आरपी यादव. गीत प्यारेलाल यादव आ एस के चौहान के लिखल हऽ जवना के संगीत का सुर से सजवले बाड़े कुमार जीत.

प्रेम के रोग भइल में निरहुआ पाखी के रोमांटिक जोड़ी का साथ बाड़े मनोज टाईगर, स्वीटी दत्तानी, गोपाल राय, संतोष श्रीवास्तव, अनूप अरोड़ा, अयाज खान, धमा वर्मा, हरिकेश, हीरा यादव आ अवधेश मिश्रा.

निरहुआ पाखी के जोड़ी एकरा पहिले निरहुआ रिक्शावाला, कइसे कहीं तोहरा से प्यार हो गइल, निरहुआ चलल ससुराल, खिलाड़ी नं १, विधाता, प्रतिज्ञा, आ दीवाना जइसन सुपर हिट दे चुकल बा. इहो फिलिम दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी आ सफलता के नया रिकार्ड बनाई.

0 comments:

Disclaimer: This site contains links to other Web sites and blogs. The owner of this blog, however, has no control over the content or privacy practices of those sites and thus cannot be responsible for such content. The author doesn't claim ownership of any article, photos,videos or movies posted on this site. If the respective copyright owners wish for these contents to be taken down, feel free to e-mail me . © 2009 BhojpuriChannel

Directory

My BlogCatalog BlogRank Entertainment
Bookmark and Share
Entertainment blogs HitAgent.Com - Web Directory My Zimbio
Top Stories